अभय सिन्हा पटना में खोललन एक्टिंग संस्थान

भोजपुरी फिलिमन के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा हालही में पटना में नया से नया संसाधन से सुसज्जित एगो एक्टिंग संस्थान के शुरूआत कइले बाड़े. एह संस्था के नाम हऽ ‘यशी फिल्मस् एण्ड टेलीविजन इंस्टीटच्यूट ऑफ इंडिया’. पिछला दिने एकर उद्घाटन बिहार के उप मुख्यमंत्री आ वित्त मंत्री सुशील कुमार मोदी, पर्यटन मंत्री सुनील कुमार पिन्टू, सांसद संजय जायसवाल, सुपरस्टार मनोज तिवारी ‘मृदुल’, दिनेश लाल ‘निरहुआ’, अभिनेत्री भाग्यश्री, पाखी हेगड़े, पदमश्री उदित नारायण, दीपा नारायण आ खेसारीलाल यादव के हाथे करावल गइल.

अभय सिन्हा के एह संस्थान में अभिनय के बारिकी सिखावल जाई आ एहिजा से सीखल कलाकारन के अभय सिन्हा के फिलिमन में आ दोसरो बैनर का फिलिमन में काम दिहल जाई. बेस्ट ऑफ लक अभय जी ! बहुते दिन से एकर जरूरत महसूस होत रहल जेहसे कि स्थानीय प्रतिभा के बढ़ावा दिहल जा सको.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।