सीमा सिंह के दिल त पागल होला
-

सिनेमा भोजपुरी के आइटम क्वीन आ भोजपुरिया दिलन के धड़कन सीमा सिंह “मुन्नी बदनाम” फेम सिंगर ममता शर्मा के आवाज में गावल गीत “ढुकूर-ढुकुर” पर आपन छरहर डाँड़े ना हिलवली बलुक पब्लिको के हिले खातिर मजबूर कर दीहें. वइसे त बतवला के जरूरत नइखे कि ई निर्देशक फहीम खान के अगिला फिलिम ‘दिल त पागल होला’ में सीमा सिंह के उपर फिल्मावल आइटम गीत के बात होखत बा. एह नृत्य गीत में नृत्य निर्देशक संजयो सीमा सिंह का साथे ठुमका लगावत नजर अइहें. एह नृत्य गीत के कैमरा में कैद कइलन श्यामल चक्रवर्ती.

फिल्म के निर्माता हउवन आर. एन. चौधरी, निर्देशक फहीम ए. खान, संगीतकार फहीम ए खान अउर जयंत, एम आर. एन, कथा-पटकथा आ संवाद सुरेन्द्र मिश्रा, नृत्य संजय, मारधाड़ दिलीप यादव, गायक राजा हसन, ममता शर्मा, कुमार सानू, साधना सरगम, आलोक, पामेला जैन, इन्दू सोनाली, आ विनीता.

कलाकार – विराज भटट, प्रिया शर्मा, गोपाल राय, दीपक भाटिया, देब सिंह, हरि शरण, सुमन झा आ संजय पाण्डेय वगैरह.


(दिनेश यादव के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts