अभिनय कइसनो होखे परोसे आवे के चाहीं – अन्नू शाह

आजु सिनेमा भोजपुरी में बहुते हास्य कलाकार अपना प्रतिभा आ कला के सहारे पब्लिक के दिल जीते में सफल भइल बाड़े आ ओही में से एगो हउवें अन्नू शाह. अन्नू शाह अपना पहिलके फिल्म “तेजाब” में लोग के गुदगुदावल शुरू कर दिहलन आ अपना हँसकड़ी से पब्लिक के सीट से बान्हे में सफल भइल बाड़े.

अन्नू शाह कहेलन कि अभिनय कइसनो होखो ओकरा के परोसे आवे के चाहीं. जइसे कि देखल जात बा कि अनेके हास्य कलाकार पब्लिक के हंसावे में फेल कर जाले आ लागेला कि ऊ कॉमेडी ना मिमिकीरी करत बाड़े. पब्लिक के रोआवल आसान होला बाकिर हँसावल बहुते मुश्किल.

अपना एही अंदाज में अन्नू शाह आवे वाली फिल्म ‘मेहरारू बिन रतिया कईसे कटी’ में मामा के किरदार में नजर अइहें. अजय झा के निर्देशन में बनत फिल्म ‘लागल बा प्यार के बुखार’ आ रमाशंकर निर्देशित फिल्म ‘आग एगो आंधी’ आ त्रिनेत्र के मिलल बड़हन सफलता के बाद निर्माता निर्देशक शाद कुमार के अगिला पेशकश “आज के गौतम गोविन्दा” फिल्मो में अन्नू नजर अइहे.


(दिनेश यादव के रपट से)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..