अभिजीत गवले भोजपुरी गाना
-

अमीना मुवी क्रिएशन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘प्रोडक्शन नं.2’ खातिर अभिजीत पहिला बेर कवनो भोजपुरी गाना के आपन आवाज दिहलन. रिकार्डिंग ए.बी. स्टुडियो, चार बंगला, म्हाड़ा में भइल. निर्माता सलीम अंसारी बतवले कि अभिजीत के ई गाना बेहद पसंद आइल. गाना के बोल हवे ‘मोरे बालम हो आवऽ चली चाँद के पार’. ई गीत हीर-रांझा, लैला-मजनू, रोमियो-जूलिएट जइसन प्रेमियन के दरद भरल कहानी ह. एह गाना के गावत घरी अभिजीत के आँखिन में लोर भर आइल.

गाना खत्म होखते अभिजीत निर्माता सलीम अंसारी के कान्ह पर हाथ रखत कहलन कि हमरा मालूम ना रहल कि भोजपुरी में अतना बढ़िया गाना बनेला. अबहीं ले त हम भद्दा फूहड़ जान के गावे से मना कर देत रहीं. बाकिर एह गाना के गवला का बाद हमरा बुझाइल कि भोजपुरियों में दम बा.

एह फिल्म के संगीतकार हउवें रविन्द्र खारे आ निर्देशक रुपेन्द्र वर्मा. बाकी कलाकारन के चुने के काम चलत बा.


(दिनेश यादव के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts