अमिताभ आ सलमानो झूमेलें शब्बीर के गीतन पर

का रउरा जानत बानी कि सलमान खान से लिहले संजय दत्त ले केकरा गीतन पर ठुमका लगावेले आ केकरा गीतन पर दुनियो झूमेले? ई गीतकार हउवें उत्तर प्रदेश के नौजवान गीतकार शब्बीर अहमद जिनकर लिखल गीत बालीवुड के ‘बॉडी गार्ड’, ‘बोल बच्चन’, ‘पार्टनर’, ‘लक’, ‘वांटेड’, ‘किस्मत कनेक्शन’, ‘गॉड तुसी ग्रेट हो’ आ ‘डिपार्टमेंट’ जइसन फिलिमन में हिट भइल बाड़ी सँ. आवे वाली फिलिमन में ‘सन ऑफ सरदार’, ‘खिलाड़ी 786’, ‘मेरा नाम बॉस’, ‘ओ माई गॉड’, ‘शेर’, ‘जिला गाजियाबाद’, ‘शॉट कट रोमियो’, ‘किस्मत लव पैसा दिल्ली’, ‘रोमियो जूलिएट’ वगैरह में शब्बीर के गीत शामिल बाड़ी सँ.

सलमान खान अभिनीत ‘बॉडीगार्ड’ के गाना ‘तेरी मेरी मेरी तेरी प्रेम कहानी है मुश्किल…’ गीत केकरा के आपन दीवाना ना बना लिहलसि एही फिलिम के टाइटिल सांग ‘आओजी आओजी… देखो आ गया है बॉडीगार्ड….’ शब्बीरे के लिखल हवे. शब्बीर अबले नाहियो त 75 गो ले फिलिम में गीत रच चुकल बाड़ें आ उनुका खाते बहुते हिट फिलिम दर्ज बाड़ी सँ.

एह गीतन के अइसहीं शोहरत ना मिल जाव. एकरा पाछे शब्बीर के कड़ा मेहनतो शामिल बा. शब्बीर बॉलीवुड में अपना कामयाबी के अपना मरहूम महतारी मैमुलनिशा के दुआ मानेलें आ कहेलें कि अगर माई के दुआ साथ रहे त केहू के फर्श से अर्श पर चहुंपे में देर ना लागी. बातचीत में शब्बीर बतवलें कि अमिताभ बच्चन आ अक्षय कुमार के आवेवाली फिलिम ‘खिलाड़ी 786’ ओ में उनकर लिखल गीत बाड़ी सँ जवना के संगीत हिमेश रेशमिया रचले बाड़ें. सलमान खान के तीन गो फिलिमो में, ‘किक’, ‘एक था टाईगर’, आ ‘अल्लारक्खा’ में, उनकर गीत शामिल बाड़ी सँ. अपना सफलता में शब्बीर अपना पिता समीउल्लाह आ भाई शकीलो अहमद के हाथ बतवलें.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..