विनोद त्रिवेदी आ श्रीधर शेट्टी के ‘नाच दुलारी नाच’
-

बालाजी सोलिटर फिल्म्स प्रा. लि. के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘नाच दुलारी नाच’ क बारे में साफ कहल जाता कि एह फिल्म के पूरा परिवार एक संगे बइठ के देख सकेला.

‘नाच दुलारी नाच’ के निर्माता विनोद त्रिवेदी आ निर्देशक श्रीधर शेट्टी हउवें. एक से बढ़के एक गीतन के संगीत दिहले बाड़न संगीतकार राकेश त्रिवेदी, पटकथा लेखक केशव राठौड़, संवाद लेखक मोहम्मद रफी खान, कैमरामैन प्रिंस, गीतकार राकेश निराला, नृत्य निर्देशक केदार सुब्बा, आ एक्शन डायरेक्टर हउवें हेमल सी.

फिल्म के मुख्य कलाकारन में श्री कनकनी, यश त्रिवेदी, जफ़र खान, उदय श्रीवास्तव, रोहित सिंह मटरू, चंदन पुरुषोत्तम, आ डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के नाम बा. फिल्म के शूटिंग पूरा हो गइल बा आ अब पोस्ट प्रोडक्शन के काम लागल बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts