अवधेश मिश्रा के खतरनाक लुक

अभिनय आ लउके में अनेके तरह के लुक खातिर मशहूर भोजपुरिया खलनायकी के सिरमौर अवधेश मिश्रा के एगो खतरनाक लुक जल्दिये लउके वाला बा भोजपुरी फिल्म “वर्दी वाला गुंडा” में. एह फिल्म के निर्माता पप्पू राजेश आ निर्देशक फारुख अहमद सिद्दीकी हउवें. फिलिम के शूटिंग पूरा हो गइल बा. अह फिल्म में नायक दिनेश लाल यादव निरहुआ, नायिका अंजना सिंह आ खलनायक अवधेश मिश्रा के मुख्य भूमिका बा. अवधेश मिश्रा छठू महाराज नाम के एगो खतरनाक खलनायक बनल बाड़े जवना का सोझा पुलिस, अधिकारी, आम लोग सबही मूड़ी झुकवले रहले. काली के पुजारी छठू महाराज के जुबान कम बोलेला आँखे से ऊ सगरी बात कह डालेला.

गौरतलब बा कि फारुखे अहमद सिद्दीकी निर्देशित फिल्म “प्रेम के रोग भइल” में अवधेश मिश्रा एगो अधेड़ खलनायक बनल रहले जवना के मेहरारू के स्वांग धइले निरहुआ से प्रेम हो जात बा. अपना हर फिल्म में अभिनय में विविधता आ तरह तरह से लउकला का चलते अवधेश मिश्रा के वर्चस्व लमहर दिन से कायम बा आ भोजपुरी के कवनो बड़की फिलिम उनुका बिनु अधूरा लागेला.


(रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *