धूम धाम से भइल "विध्वंस" क मुहूर्त
-

इवेंटरा एंटरटेनमेंट प्रा.लि. अउर वेद ऑडियो वीडियो फिल्म्स के पेशकश फिल्म “विध्वंस” क मुहूर्त पिछला दिने मुंबई में शानदार तरीका से करावल गइल. निठारी हत्याकांड पर बनत एह फिलिम के निर्माता हउवें श्रवण कुमार आर्य आ राजेंद्र कुमार गुप्ता. निर्देशन करत बाड़े अशोक गोस्वामी.

कलाकारन में मनोज पाण्डेय, राखी त्रिपाठी, कुनाल सिंह, साधना सिंह, ए.कृष्ण, पिंटू प्रीतम का साथे एह फिलिम में बिंदु दारा सिंह पहिला बेर भोजपुरी दर्शकन का सोझा अइहें. विध्वंस अंधविश्वास क अन्हार गलियन में भटकत इंसान के हैवान बन जाए क दिलचस्प कहानी बा जवना के दास्तान हकीकत से अलगा बा. चोली, लंहगा आ खटिया के भूल-भुलैया में भटकत भोजपुरी सिनेमा के अइसन गंभीर विषय से जोड़े के जवन कोशिश निर्देशक अशोक गोस्वामी कइले बाड़न ओह ला ऊ बधाई के पात्र बाड़े.

कहानी राकेश सिंह दिलावर लिखले त पटकथा मनोज हंसराज. छायांकन करीहें भरत आर पार्थसारथि ,निर्माण नियंत्रक-आनंद के प्रभाकर और संगीत राजेश रजनीश का है …


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..