असम के 9 गो कांग्रेसी विधायक भाजपा में शामिल

बिहार के चुनाव परिणाम आवे से पहिलहीं कांग्रेस में भगदड़ शुरु हो गइल बा आ आजु शुक का दिने असम में कांग्रेस के 9 गो विधायक बाकायदा भाजपा में शामिल हो गइलन. जान जाईं कि बिहार के चुनाव का बाद अगिला साल बंगाल, असम आ केरल के चुनाव होखे वाला बा.
126 सदस्य वाली विधानसभा में अबहियों कांग्रेस के 68 गो विधायक बाड़ें आ ओकर बहुमत बरकरार बा.
भाजपा में एह विधायकन के स्वागत करत भाजपा नेता उमेद जतवलें कि ई लोग असम आ भाजपा के बढ़न्ती ला काम करी. एह मौका पर मौजूद भाजपा नेता राम माधव कहलन कि असम में भाजपा छोड़ दोसर कवनो विकल्प नइखे रहि गइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।