सुप्रीम कोर्ट से देशद्रोह के आरोपी हार्दिक पटेल के राहत ना मिलल
-

कपिल सिब्बल जइसन वकील रखला का बावजूद हार्दिक पटेल के सुप्रीम कोर्ट से कवनो तरह के राहत ना मिल सकल. हार्दिक पर देशद्रोह के आरोप बा आ ऊ चाहत रहलन कि उनुका पर से देशद्रोह के आरोप हटा लीहल जाव. अदालत कहलसि कि जबले पुलिस आपन जाँच पूरा नईखे कर लेत तबले एह मामिला में कवनो सुनवाई ना कइल जाई.
अदालत पुलिस से कहलसि कि डेढ़ महीना का भीतर एह मामिला के जाँच पूरा कर लीहल जाव आ एकर रपट एगो सीलबंद लिफाफा में अदालत में दायर करे. आ जबले अदालत से अनुमति नइखे मिल जात तबले कवनो चार्ज शीट मत दायर करे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts