आग लगला से दस से अधिका घर जरल

(फाइल फोटो)


बेतिया 27 मार्च (वार्ता). पश्चिम चम्पारण जिला के नरकटियागंज प्रखण्ड के राजपुर तुमकड़िया पंचायत के सोनासती गांव में मंगल का दिने बिजली से लागल आगि में एक दर्जन से अधिका घर जर गइल.
पुलिस के कहना बा कि शिकारपुर थाना के सोनसती गांव में दुपहरिया में बिजली से लागल आगि में लाखों के सम्पति जर के राख हो गइल बा आ चार गो गोरुओ माल के मौत भइल बा.
पंचायत मुखिया अनिल साह बतवले कि गाँव वालन आ दमकल कर्मचारियन के सूझबूझ से बहुते मशक्कत का बाद आगि पर काबू पा लीहल गइल.
मौका पर पहुँच के अंचलकर्मी नुकसान के आकलन करत बाड़ें.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।