सड़क हादसा में विधायक रह चुकल डॉक्टर के मौत


छपरा 27 मार्च (वार्ता). सारण जिला के मशरख से कांग्रेस के विधायक रह चुकल डाक्टर हरेन्द्र किशोर सिंह के मंगल का दिने सड़क हादसा में मौत हो गइल.
पुलिस सूत्र बतावत बाड़ें कि विधायक रह चुकल डॉ सिंह कवनो निजी काम से पूर्वी चंपारण जिला के मोतिहारी गइल रहलें आ ओहिजे से बोलेरो से लवटत घरी बोलेरो राज्य उच्च पथ 90 पर लखपुर गांव का नियरा सड़क किनारे पलट गइल. एह हादसा में 70 बरीस के रहल डॉक्टर हरेन्द्र किशोर सिंह के ओहिजे मौत हो गइल.
पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया. जान जाईं कि विधायक जी के पिता आ मशरख के विधायक रहल रामदेव सिंह के साल 1981 में गोली मारके हत्या क दीहल गइल रहे आ एह मामिला में राजद नेता आ सांसद रहल प्रभुनाथ सिंह के आरोपी बनावल गइल रहे. पिता का हत्या का बाद भइल चुनाव में डाक्टर हरेन्द्र किशोर सिंह कांग्रेस के टिकट पर मशरख से विधायक चुनाइल रहलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..