आग लगला से दस से अधिका घर जरल

(फाइल फोटो)


बेतिया 27 मार्च (वार्ता). पश्चिम चम्पारण जिला के नरकटियागंज प्रखण्ड के राजपुर तुमकड़िया पंचायत के सोनासती गांव में मंगल का दिने बिजली से लागल आगि में एक दर्जन से अधिका घर जर गइल.
पुलिस के कहना बा कि शिकारपुर थाना के सोनसती गांव में दुपहरिया में बिजली से लागल आगि में लाखों के सम्पति जर के राख हो गइल बा आ चार गो गोरुओ माल के मौत भइल बा.
पंचायत मुखिया अनिल साह बतवले कि गाँव वालन आ दमकल कर्मचारियन के सूझबूझ से बहुते मशक्कत का बाद आगि पर काबू पा लीहल गइल.
मौका पर पहुँच के अंचलकर्मी नुकसान के आकलन करत बाड़ें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..