आजम खाँ के नइखे मालूम कि काश्मीर हिन्दुस्तान में बा कि ना

अपना फिरकावाराना राजनीति खातिर जानल जाये वाला आजम खाँ के नइखे मालूम कि काश्मीर हिन्दुस्तान में बा कि ना. कहलें कि काश्मीर विवाद के विषय बा आ नइखे मालूम कि ऊ हिन्दुस्तान में बड़लो बा कि ना ! वाह रे आजम, तूं त अपना रंग में आ गइल मुलायम का पँजरा आवते. अइसनका आदमी पर देश द्रोह के मुकदमा चलावे के चाहीं बाकिर जवना पार्टी में दिग्विजय सिंह जइसन आदमी बा ओह से एकर उम्मीदो ना कइल जा सके. हो सकेला कि कांग्रेस आजम खाँ के अपना पार्टी में बोला लेव. आजम खाँ के शिकायत बा कि कांग्रेस के दिल्ली सरकार में मंत्री बनावे लायक हिन्दुस्तान से एगो मुसलमान ना मिलल त काश्मीर से उठा ले आइल.

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।