सेनाध्यक्ष ऊ काम कर देखवलें जवन नेता आ राजनयिक ना कर पवलें
-

भारत के सेनाध्यक्ष जनरल विजय कुमार सिंह अपना नेपाल यात्रा में ओहिजा के राष्ट्रपति राम बरन यादव से अतना वादा करा लिहलन कि नेपाल अपना जमीन पर भारत विरोधी हरकत ना होखे दी. उनका के नेपाल के सेना के मानद जनरलो घोषित कर दिहल गइल. जनरल सिंह के यात्रा के ओहिजा के मीडियो में बढ़िया कवरेज मिलल बा. नेपाल खास कर के एह बाति खातिर खुश भइल कि सेनाध्यक्ष पद सम्हरला का साल भर का भितरे नेपाल यात्रा पर अइलें जबकि बाकी लोग अपना अवधि का अन्त में आवत रहे. भारत नेपाल में अपना रिटायर्ड सैनिकन खातिर विशेषज्ञ अस्पताल खोली आ ओह लोग के लड़िकन खातिर छात्रवृति में बढ़ोतरी करी. नेपाल में करीब सवा लाख रिटायर्ड भारतीय सैनिक बाड़े जे भारत के हमेशा समर्थन करेलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts