आजु के खास खबर, बियफे 1 सितम्बर का दिने
  • राज्यसभा में महाभियोग के सामना कर चुकल कलकत्ता उच्च न्यायालय के न्यायाधीश सौमित्र सेन आजु बियफे का दिने इस्तीफा दे दिहले. अगिला हफ्ता उनुका लोकसभा में महाभियोग के सामना करे के रहल.
  • झारखण्ड में भोजपुरी आ मैथिली भाषी एह चलते दुखी बाड़े कि राज्य में एह दुनु भाषा के दुसरका भाषा के दरजा नइखे दिहल जात.
  • पटना आईआईटी के एगो छात्रा के बियफे का दिने छात्रावास का छत से गिरला से मौत हो गइल. पुलिस पता लगावत बिया कि ई हत्या हवे कि आत्महत्या.
  • भोपाल के शेहला मसूद हत्याकांड मामिला में भाजपा सांसद तरुण विजय से पूछताछ होखी. कांग्रेस चाहत बिया सीबीआई जांच.
  • इंगलैण्ड का साथे भइल बीसबिसा मैच में भारत छह विकेट से हारल.
  • गरीब मरीजन के मुफ्त इलाज करे का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में लगावल निजी अस्पतालन के अर्जी खारिज हो गइल.

0 Comments

Recent Posts



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..