बिहार के खबर, बियफे 1 सितम्बर का दिने
-
  • समाचार पत्र ‘इंडियन एक्सप्रेस’ के पटना के विशेष संवाददाता संतोष सिंह के ग्रामीण रिपोर्टिंग करे खातिर प्रतिष्ठित ‘स्टेट्समैन अवार्ड-2011’ से सम्मानित कइल जाई.
  • पटना आईआईटी के एगो छात्रा के बियफे का दिने छात्रावास का छत से गिरला से मौत हो गइल. पुलिस पता लगावत बिया कि ई हत्या हवे कि आत्महत्या.
  • बिहार के रोहतास जिला के बड्डी थाना इलाका से बुध का रात एक शराब व्यवसायी के हथियार का बल पर अगवा कर लिहल गइल बा.
  • बिहार के गँवई इलाकन में बनावे खातिर दस हजार किलोमीटर सड़क के प्रस्ताव केन्द्र का लगे लटकल बा जवना के जल्दी मंजूर करे खातिर बिहार के ग्रामीण कार्य मंत्री भीम सिंह केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश से भेंट कर के निहोरा कइले.
  • माध्यमिक आ उच्च माध्यमिक शिक्षक पात्रता परीक्षा के फार्म राज्य में सैकड़ो केन्द्र पर आजु से बिकाइल शुरु हो गइल बा. फार्म के बिक्री नौ सितम्बर ले कइल जाई आ एक फार्म के कीमत डेढ़ सौ रुपिया राखल गइल बा. अनुसूचित जाति, जनजाति आ निशक्त अभ्यर्थियन खातिर दाम पचहत्तर रुपिया राखल गइल बा. बारह से बीस सितम्बर का बीच फार्म जमा कइल जा सकेला. पात्रता परीक्षा में शामिल होखे खातिर कम से कम इकईस साल के उमिर होखे के चाहीं. पहिले ई सीमा बाईस आ चौबीस साल रहे.
  • तीन लाख रुपिया से बेसी सालाना कमाई करे वाला हर आदमी के अब पेशा कर देबे के पड़ी. किसान के एह कर से मुक्त राखल गइल बा बाकिर दोसरा लोग के सितम्बर महीना में पेशा कर जमा करा देबे के पड़ी. डाक्टर वकील आ दोसर प्रोफेशनल लोग के एकरा खातिर अपना पैन कार्ड का आधार पर वाणिज्य कर विभाग में निबंधन करावे के पड़ी. तीन से पाँच लाख सालाना आमदनी पर एक हजार रुपिया, पाँच से दस लाख ले दू हजार रुपिया आ ओकरा से उपर वालन के अढ़ाई हजार रुपिया सालान कर देबे के पड़ी. एह कर से बिहार सरकार के पचहत्तर करोड़ रुपिया मिले के उमेद बा.
  • बिहार के हर नागरिक के अब स्वास्थ्य कार्ड बनावल जाई आ अठारह साल तकले लड़िकी आ चौदह साल के लड़िकन के चिकित्सा व्यवस्था सरकार कराई. बाद में विकलांग आ विधवा मेहरारूवनो के कार्ड बनावल जाई. राज्य सरकार के हर कर्मचारी के हेल्थ कार्ड बनावल जाई जवना से अढ़ाई लाख मौजूदा आ चार लाख रिटायर्ड कर्मचारियन के फायदा होई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts