आज के करन अर्जुन निरहुआ भाई

Nirahua brothers

भोजपुरी फिल्मोद्योग में आपन धाक जमा चुकल निरहुआ ब्रदर्स अब एगो अउरी धमाका करे जा रहल बा लोग. रियल लाइफ के ई दुनु भाई भोजपुरी फिलिम आज के करन अर्जुन में भाई भाई बन के आ रहल बाड़े. दुनु भाई पहिला बेर कवनो फिल्म में एक साथे आ रहल बाड़े.

कैपिटळ फिल्म्स प्रा॰लि॰ आ यशी फिल्म्स प्रा॰लि॰ का संयु्क्त बैनर में बनावल एह फिलिम में दुनु जने शहर में पढ़ाई कर के गाँव लवटत बाड़े आ बचपन में अपना साथे भइल अत्याचार के गिन गिन के बदला लेत बाड़े. निरहुआ के नायिका पाखी हेगडे आ प्रवेशलाल के नायिका दक्खिन के ईशा खंडेलवाल बनल बाड़ी. आज के करन अर्जुन फिल्म में दुनु भाई संगे संगे ठुमका लगावत आ मारोपिटाई करत नजर अइहें. भोजपुरी सिनेमा के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा आ हिन्दी सिनेमा के मशहूर निर्माता टीपी अग्रवाल मिल के एह फिल्म के बनावत बाड़े आ निर्देशन कर रहल बाड़े हैरी फर्नान्डिज. फिल्म के कहानियो हैरीए के हऽ.

हालही में फिलिम के शूटिंग से लवटल दुनु भाई एक सुर में एह फिल्म के मेकिंग से ले के हर बात के तारीफ करत नइखे थाकत लोग. कहत बा लोग कि ई फिल्म फुल एक्शन फिल्म होखी जवना में मनोरंजन के हर मसाला मौजूद रही. फिल्म के बाकी कलाकारन में टीनु वर्मा, अनूप अरोड़ा, नीलिमा सिंह, पुष्पा वर्मा, सुदेश कौल, छाया वर्मा, आ किरण कुमार शामिल बाड़े.

हर केहु इहे देखे के इन्तजार कर रहल बा कि निरहुआ ब्रदर्स के ई नया धमाका बाक्स आफिस पर कतना आ कइसन धमाल मचा पावत बा.


स्रोत : प्रशांतनिशान्त

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।