निर्माता से अभिनेता बनलन अनिल सम्राट

Anil Samrat

पिछला साल २००९ में प्रतिज्ञा जइसन ब्लाक बस्टर फिल्म दे चुकल नौजवान निर्माता अनिल सम्राट अब खुद अभिनय पारी के शुरुआत कर दिहले बाड़न. अपने प्रोडक्शन कंपनी का बैनर में बने जा रहल भोजपुरी फिल्म दरार में ऊ नायक का तरह काम करीहें. फिल्म में अनिल सम्राट का साथे भोजपुरिया सुपर स्टार पवनो सिंह रहीहें. बिहार के आरा शहर के अनिल सम्राट एह फिल्म में संपूर्ण अभिनेता का तरह सामने आवे के ठान लिहले बाड़े आ एह चलते अभिनय के बारीकि का साथे साथ नृत्य, आ फाईटो पर पूरा समय दे रहल बाड़न.

भोजपुरी सिनेमा में दे दऽ पिरिति

0 Comments

Recent Posts