आनन्द विहार से लखनऊ गोरखपुर का बीच स्पेशल साप्ताहिक ट्रेन

त्यौहार वाला सीजन में यात्रियनके सुविधा ला पूर्वोत्तर रेलवे गोरखपुर..आनन्द विहार टर्मिनस का बीच एक जोडी विशेष साप्ताहिक गाडी चलाई. एकर जानकारी देत बतावल गइल बा कि विशेष साप्ताहिक गाडी संख्या 05035 गोरखपुर से हर बिियफे के 10. 17.24.31 अक्टूबर. 07. 14. 21 अउर 28 नवम्बर के आ विशेष साप्ताहिक गाडी संख्या 05036 आनन्द विहार टर्मिनस से हर बुध 09. 16. 23. 30 अक्टूबर. 06. 13. 20 अउर 27 नवम्बर के चलावल जाई.
एह गाड़ियन के ठहराव गोरखपुर से 13.00 बजे खुलला का बाद खलीलाबाद, गोण्डा, बादशहनगर, लखनऊ, कानपुर सेण्ट्रल, गाजियाबाद होत आनन्द विहार टर्मिनस साढे छह बजे पहुंचे के रही, ओने से आवे में आनन्द विहार टर्मिनस से 13.00 बजे खुल के एही राहे वापस चार बजे गोरखपुर चहुँपे के रही.
एह गाड़ी में सतरह गो डिब्बा रही जवना में साधारण श्रेणी के छह गो, . शयनयान श्रेणी के छह गो, ए.सी.टू टियर के एगो, ए.सी.थ्री टियर के दू गो आ दू गो एस.एल.आर. कोच रही.
एगो दोसर विषेश साप्ताहिक आनन्द विहार से लखनऊ का बीच एक ट्रिप आनन्द विहार से दू अक्टूबर के आ लखनऊ से तीन अक्टूबर के चलावल जाई.
(वार्ता)

0 Comments