इतिहास मे 28 सितंबर

1871… ब्राजील मे .स्वतंत्र कोख कानून.बनल जवना का बाद दासन के बच्चा जनम से आजाद बना दिहल गइले.
1889… पहिलका माप तौल महासम्मेलन. मे लंबाई के मात्रक मीटर के नया से परिभाषित कइल गइल.
1907… भारतीय स्वतंत्रता सेनानी भगत सिंह के जनम.
1912… अमेरिकी सेना के कार्पोरल फ्रैक एस. स्काट विमान दुर्घटना मे मरे वाला पहिलका आदमी हो गइले.
1928… सर एलेक्जेडर फलेमिंग बैक्टीरिया मारे वाला फफूंद पेनिसिलीन के खोज कइलन.
1929… स्वर सम्राज्ञी लता मंगेशकर के जनम.
1947… बंगलादेश की 10वीं प्रधानमंत्री शेख हसीना के जनम.
1982… भारतीय निशोनबाज अभिनव बिंद्रा के जनम.
1982… हिंदी फिल्म अभिनेता रणबीर कपूर के जनम.
1995… इजरायल के प्रधानमंत्री इजाक रबीन आ पीएलओ अध्यक्ष यासिर अराफात पश्चिमी तट आ गाजा पट्टी पर एगो अंतरिम समझौता कइले.
2008… स्पेस..एक्स नाम के कंपनी दुनिया के पहिलका निजी अंतरिक्षयान फाल्कन..एक के प्रक्षेपण कइलसि.
(वार्ता के सौजन्य से)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..