आनर किलिंग अब रूपहलो परदा पर

पश्चिम उत्तरप्रदेश आ हरियाणा में अभिशाप बनके उभरल आनर किलिंग, जवना के पारिवारिक दरिन्दगी कहल बेसी ठीक रही, अब जल्दिये रूपहलो परदा पर नज़र आवे वाला बा. पेशा से चिकित्सक डॉक्टर अनुराग विश्नोई एह अभिशाप के सच्चाई सभका के बतावे के तय कइले बाड़न. अपना फिल्म निर्माण कंपनी अनुश्री मीडिया का बैनर में ऊ परंपरा – द ओनर किलिंग नाम के फिल्म बनावे के एलान कइले बाड़न.

मूलतः पश्चिमी उत्तरप्रदेश के धामपुर निवासी डॉक्टर विश्नोई एह फिल्म के निर्देशन क कमान भोजपुरी के चर्चित निर्देशक बॉबी सिंह के सँउपले बाड़े. सौपी है. बॉबी सिंह बतवले कि एह फिल्म के कहानी खुद डॉक्टर विश्नोई के लिखल ह. फिल्म का बारे में बतावत कहले कि डॉक्टर विश्नोई लमहर अरसा से एह विषय पर रिसर्च करत रहले. इज्जत क नाम पर आपने के हत्या के कवनो तरह से जायज़ ना ठहरावल जा सके. लोग इज्जत का नाम पर अपने खून बहा त देत बाड़न बाकिर जब इज्ज़त क नशा उतरता त पछताइल छोड़ के कुछ नइखे रहत.

उल्लेखनीय बा कि बॉबी सिंह भोजपुरी में मंगलसूत्र, आ दामाद जी सहित लगभग आधा दर्ज़न हिट भोजपुरी फिल्म के निर्माण कर चुकल बाड़ै। अतने ना ऊ अपान फिल्म गोबर सिंह में कांग्रेसी नेता कृपा शंकर सिंहो के बतौर अभिनेता उतार चुकल बाड़े. बॉबी सिंह अब निर्देशन का साथे अभिनयो का मैदान में डेग धर दिहले बाड़े आ उनके फिल्म करेंट मारे गोरिया क शूटिंग शुरू हो चुकल बा.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।