बलिया क्षेत्रीय ग्रामीण बैंक के वेबसाइट हैक

अपना के पाकिस्तानी साइबर वैरियर कहे वाला कवनो आदमी भा समूह बलिय क्षेत्रीय ग्रामीण बैंक के वेबसाइट हैक करत चेतावनी दिहले बा कि “हिन्दुस्तानियन, बचा सकऽ त बचा लऽ अपना बैंक साइटन के. काहे कि अब हमनी का निशाना पर बावे तोहार सगरी बैंक”. इहो लिखले बा कि ई त बस ट्रेलर हऽ पूरा सिनेमा जल्दिये सामने आवे वाला बा.

सुबह सबेरे ई खबर सबले पहिले टटका खबर पर प्रकाशित भइल रहे. अबही के पोजीशन ई बा कि सर्वर से हैकिंग पन्ना हटा दिहल गइल बा आ बस एगो संदेश बा कि “Ballia Etawah Gramin Bank Website will be available soon…. ” वेबसाइट के कतना नुकसान चहुँपल बा ई बैंके वाला बता सकेले. बलिया क्षेत्रीय ग्रामीण बैंक के एह वेबसाइट पर कवनो संवेदनशील जानकारी ना होखे के बात बैंक अधिकारी कहत बाड़े. उनकर कहना बा कि एकरा पर बैंक के कुछ सामान्य जानकारी रहे आ पिछला दिने एकर इस्तेमाल रिक्रूटमेंट के आवेदन खातिर कइल गइल रहे. आवेदन सुरक्षित होखे के बातो ऊ लोग कहत बाड़े.

बैंक के ई वेबसाइट साधारण शेयर्ड सर्वर पर रहे जवना पर करीब पाँच सौ अउरी वेबसाइट रहे. जबकि बैंक के आपन वेबसाइट कवनो डेडिकेटेड सर्वर पर राखल चाहत रहे.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।