आमिर का तरह के भूमिका में प्रवेशलाल
हिन्दी फिल्मन के मिस्टर परफेक्शनिस्ट कहल जाये वाला अभिनेता आमिर खान वाली भूमिका भोजपुरी सिनेमा का परदा पर भोजपुरी के नयका स्टार प्रवेशलाल यादव मशहूर निर्देशक असलम शेख के फिल्म तू ही मोर बालमा में करत नजर आये वाला बाड़न.  प्रवेश लाल के किरदार वइसने बा जइसन थ्री इडियट्स में आमिर खान के रहुवे.
निर्माता ऋतेश ठाकुर के एह फिल्म से प्रवेश बहुते उत्साहित बाड़न. हालही में फिलिम के डबिंग के काम पूरा भइल बा. एहमें कई गो गानो गवले बाड़े प्रवेशलाल. नायिका बाड़ी रिंकू घोष. गौर करे लायक बात बा कि प्रवेश आजुकाल्ह भोजपुरिया परदा छपले बाड़न आ पिछला साल के उगत सितारा हउवन जिनकर भूमिका चलनी के चालल दुल्हा आ परिवार में बहुते बड़ाई पवलसि. अभिनेता का रुप में प्रवेश लाल के दू गो फिल्म अबही फ्लोर पर बाड़ी सँ. अभय सिन्हा के आज के करण अर्जुन आ अशोक गुप्ता के दिल.
(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।