असलम शेख के फोर इडियट्स
भोजपुरी में  सुपर डूपर हिट फिलिम देबे में माहिर निर्देशक असलम शेख अब भोजपुरी में फोर इडियट्स पेश करे जा रहल बाड़े तू ही मोर बालमा का नाम से. आमिर खान के चर्चित फिल्म थ्री इडियट्स का तरह हँसा हँसा के लोटपोट करा देबे वाली फिल्म होखी ई जवना के जीतेश दूबे प्रस्तुत कर रहल बाड़न आ निर्माता हउवें रितेश ठाकुर.
एह फोर इडियट्स में प्रवेशलाल यादव, मनोज टाईगर, शुभम तिवारी, आ दीपक दूबे के नाम बा आ नायिका बनल बाड़ी चर्चित अदाकारा रिंकू घोष आ साथ में बाड़ि बवाल मचा देबे वाली नायिका सपना.
थ्री इडियट आ तू ही मोर बालमा में का मिलत जुलत बा पुछला पर असलम शेख बतावेलें कि तू ही मोर बालमा दोस्तन का बीच के हँसी मजाक पर आधारित बा जवना में देखावल गइल बा कि कइसे चार गो दोस्त अपना जिनिगी के नया रूप में ले जात बाड़न कि धमाल पर धमाल मचत जात बा.
एह फिल्म में अरविन्द अकेला कल्लूओ के किरदार बा. एह फिल्म खातिर विनयबिहारी के लिखल गीत पहिलही यूपी बिहार में जोर शोर से बाज रहल बा जवना के संगीत दिहले बाड़न धनंजय मिश्रा.
फिल्म का बाकी कलाकारन में बृजेश त्रिपाठी, डा॰सत्यनाारायण उजाला, आलोक यादव, आ मुश्ताक खान के नाम खास बा. असलम शेख, जीतेश दूबे, आ रीतेश ठाकुर के फोर इडियट्स भोजपरी सिनेमा का परदा पर धमाल मचाई, अतना त तय बा.
(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..