आमी मन्दिर का लगे दुकानदारन के धरना

नाजायज ठेकेदारी वसूली से नाराज आमी मंदिर का लगे दुकान लगावे वाला करीब पचास गो दूकानदार पिछला कुछ दिन से दुकान नइखन लगावत काहे कि ओह लोग से बहुते बेसी टैक्स माँगल जा रहल बा. हर साल टैक्स वसूली के ठीका टेंडर डाल के दिहल जाला. एह साल टेंडर प्रक्रिया ना भइल आ नयका लेखा साल आ गइल त पैक्स अध्यक्ष, जे पुरान ठीकेदार हउवन, के वसूली के जिम्मा दे दिहल गइल. अब ऊ मनामाना तरीका से टैक्स वसूली कइल चाहत बाड़न जवना का खिलाफ काल्हु ओहिजा के दूकानदार धरना पर बइठ गइले. बाद में दिघवारा थाना पुलिस स्थानीय लोग का सहयोग से धरना हटवलसि.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..