यूपी के प्रमुख सचिव के हटावल गइल
-

मुख्यमंत्री के नजदीकी मानल जाये वाला यूपी के प्रमुख सचिव विजय शंकर पांडे के काल्हु उनुका पद से हटा के राजस्व परिषद के सदस्य बना दिहल गइल बा. विजय शंकर पाण्डेय पर करिया धन के कारोबारी हसन अली से संबंध रहे के आरोप बा. विजय शंकर पांडे का साथे साथ उनुका बड़ भाई हरिशंकर पांडे के उद्यान निदेशक से हटा दिहल गइल बा त दोसरका भाई विनय शंकर पांडे के उत्तराखंड सरकार के सेवा में भेज दिहल गइल बा. सरकार का ओर से मंत्रिमण्डलीय सचिव शशांक शेखर सिंह कहले कि अगर करिया धन के कारोबार में विजय शंकर पांडे के नाम आवत बा त ओकरा खातिर उहे व्यक्तिगत रुप से जिम्मेदार होखीहें. सरकार के एह मामिला से कुछुवो लेना देना नइखे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts