आरा टीसन का लगे दू जने ट्रेन से गिरले

आरा टीसन का पछिमवारा गुमटी का लगे काल्हु बियफे का दिने जनसाधारण एक्सप्रेस से गिर के दू गो लड़िका गम्हीराहे घवाहिल हो गइलें जवना का बाद ओहिजा लोग बवाल काटे लगुए. बवाल के काबू करे खातिर पुलिस के गोली चलावे के पड़ल. फायरिंग हवा में भइल एहसे केहू घवाहिल भा मरल ना. बाकिर लोग के पथराव से एगो सब इंसपेक्टर आ चार गो सिपाही जरूर घवाहिल हो गआलें. एह दौरान राजधानी समेत अनेके गाड़ियन के जहें तहे रुके के पड़ल

0 Comments

Submit a Comment