आरा टीसन का लगे दू जने ट्रेन से गिरले

आरा टीसन का पछिमवारा गुमटी का लगे काल्हु बियफे का दिने जनसाधारण एक्सप्रेस से गिर के दू गो लड़िका गम्हीराहे घवाहिल हो गइलें जवना का बाद ओहिजा लोग बवाल काटे लगुए. बवाल के काबू करे खातिर पुलिस के गोली चलावे के पड़ल. फायरिंग हवा में भइल एहसे केहू घवाहिल भा मरल ना. बाकिर लोग के पथराव से एगो सब इंसपेक्टर आ चार गो सिपाही जरूर घवाहिल हो गआलें. एह दौरान राजधानी समेत अनेके गाड़ियन के जहें तहे रुके के पड़ल

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।