मेडिकल प्रवेश परीक्षा रद्द कर दिहलसि सुप्रीम कोर्ट

देश भर के सगरी मेडिकल कॉलेजन में दाखिला खातिर एके इम्तिहान करावे के मेडिकल काउंसिल आफ इंडिया के निर्देश सुप्रीम कोर्ट खारिज कर दिहलसि. कहलसि कि काउन्सिल के अइसनका अधिकारे नइखे. अब सगरी मेडिकल आ डेंटल कॉलेजन के प्रवेश परीक्षा पहिलहीं का तरह अलगा अलगा होखल करी आ हर विद्यार्थी के कई कई गो इम्तिहान में बइठे के पड़ी. कई बेर त अइसनो हो जाला कि एके दिने दू गो इम्तिहान पड़ जाला त मजबूरन एगो ना एगो इम्तिहान छोड़ देबे पड़ेला.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..