आलोक कुमार क ‘देवरा पे मनवा डोले’ धूम मचवलसि

सिनेमा भोजपुरी के सबले सफल निर्माता आलोक कुमार क नयकी फिलिम ‘देवरा पे मनवा डोले’ एह घरी पूरा बिहार में धुम मचवले बिया. अब ले बॉक्स ऑफिस पर सात गो सुपरहिट फिलिम देब वाला आलोक कुमार क एहू फिलिम के हर वर्ग के दर्शकन के प्यार मिलत बा. एहसे इहो फेर साबित भइल कि भोजपुरी में साफ-सुथर, पारिवारिक मनोरंजन वाला फिलिमो सफलता क झंडा गाड़ सकेले. एह फिल्म के खासियत बा कि एहमें दुअर्थी डायलाग आ आईटम गीत नइखे राखल गइल. माँ-बेटा, देवर-भाभी, भाई-बहिनन के प्यार देखावल गइल बा एह पारिवारिक मनोरंजन वाली फिलिम में.

बिहार के 45 गो सिनेमाघर में निकहा ओपनिंग क संगे रिलीज भइल ई फिलिम तीन हफ्ता में साठ लाख बिटोरले बिया. नयका सुपरस्टार खेसारीलाल यादव, स्मृति सिन्हा, अंजना सिंह, रानी चतुर्वेदी, अनुप अरोड़ा, माया यादव, प्रकाश जैस, सतेन्द्र सिंह आ ब्रजेश सिंह क प्रमुख भूमिका वाली एह फिलिम के देखे औरतन के भारी उमड़त बा. फिल्म के निर्देशक हउवें प्रेमांशु सिंह.

आलोक कुमार एह घरी अपना नयकी फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’ के पोस्ट प्रोडक्शन में व्यस्त बाड़ें.


(प्रशान्त निशान्त के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।