निरहुआ बनलन बिग हिन्दुस्तान म्युजिक अवार्ड के चेहरा
-

सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के रिलायंस समूह अपना बिग हिन्दुस्तान म्युजिक अवार्ड 2012 के चेहरा बनवले बा.भारत क इलाकाई संगीत के सम्मानित करे ला बनल एग बड़हन मंच ‘बिग हिन्दुस्तान म्युजिक अवार्ड 2012’ क आयोजन 8 जून क लखनऊ में कइल जात बा. एह समारोह में इलाकाई संगीत के सबले निमन कलाकारन के सम्मानित कइल जाई. एह अवार्ड के फैसला करे वाला निर्णायक मंडल में अनूप जलोटा, मोहम्मद हुसैन, अहमद हुसैन, पिनाज मसानी जइसन बड़हन गायक शामिल बाड़ें. समारोह मे देश के सगरी इलाका के गायक शामिल होखीहें.


(प्रशान्त निशान्त के रपट)

0 Comments

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..