आवाजिए वोट से जीत गइलें हरिवंश

बलिया जिला के सिताबदियारा में 30 जून 1956 के जनमल, बनारस हिन्दू विश्वविद्यालय से पढ़ल, कई एक पत्र-पत्रिका-अखबारन में संपादक, उपसंपादक, पत्रकार रहल, चन्द्रशेखर अतिरिक्त सूयना सलाहकार रहल, प्रभात खबर के संपादक रहल, जदयू के राज्यसभा सांसद रहल आ बरीस 2019 से राज्यसभा के उपसभापति रहल हरिवंश नारायण सिंह फेरु राज्यसभा के उपसभापति चुना गइलें.
आजु जब चुनावी प्रक्रिया शुरु भइल तब जगत प्रकाश नड्डा हरिवंश के उपसभापति बनावे के प्रस्ताव पेश कइलन. ओकरा बाद विपक्ष का तरफ से गुलाम नबी आजाद मनोज झा के नाम प्रस्तावित कइलें.
एह दुनू आदमी के बीच केकरा के चुनल जाव एकर फैसला मौजूद सांसदन से हँकारी परवा के कर लीहल गइल. हरिवंश का नाम पर सबले अधिका लोग हँकारी पारल जवना का बाद बिना कागजी वोट करवले उनुका के विजयी घोषित क दीहल गइल.

0 Comments

Submit a Comment

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।