मानसून सत्र का पहिलके दिने ठनका गिरी का ?

आजु से संसद के मानसून सत्र शुरु होखे जा रहल बा आ पहिलके दिन राज्यसभा में उपसभापति पद खातिर वोट डलिहें राज्यसभा सांसद. राज्यसभा में सत्तारुढ़ गठबन्हन का लगे कम सांसद बाड़ें बाकिर ओकर फ्लोर मैनेजर बीजू जनता दल, वाईएसआर कांग्रेस, आ तेलंगाना राष्ट्र समिति के सांसदन के वोट हासिल करे में सफल हो जइहें एकर उमीद कइल निराश ना करे के चाहीं.
एह चुनाव में दुनू ओर से बिहारे के सांसद उमीदवार बनावल गइल बाड़ें. विपक्ष चारा घोटाला में जेहल के सजा काटत लालू प्रसाद के राजद सांसद मनोज झा के खड़ा कइले बावे. राजग का ओर से जदयू सांसद हरिवंश के उमीदवार बनावल गइल बा. बिहार विधानसभा चुनाव होखे से पहिले आजु राज्यसभा में दुनू के ताकत आजमाइश होखे बाला बा आ राजद सपना देखत बावे कि ऊ ठनका गिरावे में सफल हो जाई आ विपक्ष के संख्याबल का आधार पर उनुकर उमीदवार मनोज झा जीत सकेलें.
विपक्ष दोसर कवनो उमीदवार का नाम पर सहमत ना हो सकल आ एह बाति के ओकर कमजोरी मानल जा सकेला. अपना मजबूरी में ऊ एगो सजायाफ्ता नेता के कलंक झेलत गोल के सांसद पर दाँव खेलले बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..