इमाम बुखारी सपा से नाता तूड़लन

दिल्ली जामा मस्जिद के शाही इमाम अहमद बुखारी शनिचर का दिने सपा से नाता तूड़े के एलान करत कहलन कि उनका दामाद विधान परिषद सदस्य उमर अली खाँ आ नागरिक सुरक्षा परिषद के अध्यक्ष वसीम अहमद खाँ के इस्तीफा मुलायम सिहं यादव का लगे भेज दिहल गइल बा. इमाम के आरोप बा कि सपा अपना शासन के एक साल का दौरान मुसलमानन खातिर कवनो काम ना कइलस. वादा कइले रहलन कि मुसलमानन के अठारह फीसदी आरक्षण दीहें. अउरी ढेर कुछ वादा रहल बाकिर कुछ ना भइल. एह दौरान राज्य में एक सौ तेरह सांप्रदायिक घटना होखे के आरोप लगवलन आ कहलन कि एहमें से तेरह जगहा कर्फ्यू ले लगावे पड़ल. इहो कहलन कि एह दंगन में सबले अधिका नुकसान मुसलमानन के भइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।