बिहार भाजपा के दू दिन के कार्यकारिणी बइठक

पटना में शनिचर का दिने बिहार भाजपा के कार्यकारिणी के बइठक शुरू भइल जवन अतवार ले चलल. शनिचर का दिने बइठक के उद्घाटन करत राज्यसभा में नेता विपक्ष अरुण जेटली कहलन कि बिहार के बदलाव में भाजपा के बड़हन भूमिका बा आ कार्यकर्ता लोग के चाहीं कि ई बात जनतो के बतावसु. भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष मंगल पाण्डेय कहलन कि अगिला चुनाव में सगरी सीट एनडीए जीती. एह बइठक में उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी, सांसद शत्रुघ्न सिन्हा, राधामोहन सिहं, शाहनवाज हुसैन समेत अनेके मंत्री मौजूद रहलें.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..