इमाम बुखारी सपा से नाता तूड़लन

दिल्ली जामा मस्जिद के शाही इमाम अहमद बुखारी शनिचर का दिने सपा से नाता तूड़े के एलान करत कहलन कि उनका दामाद विधान परिषद सदस्य उमर अली खाँ आ नागरिक सुरक्षा परिषद के अध्यक्ष वसीम अहमद खाँ के इस्तीफा मुलायम सिहं यादव का लगे भेज दिहल गइल बा. इमाम के आरोप बा कि सपा अपना शासन के एक साल का दौरान मुसलमानन खातिर कवनो काम ना कइलस. वादा कइले रहलन कि मुसलमानन के अठारह फीसदी आरक्षण दीहें. अउरी ढेर कुछ वादा रहल बाकिर कुछ ना भइल. एह दौरान राज्य में एक सौ तेरह सांप्रदायिक घटना होखे के आरोप लगवलन आ कहलन कि एहमें से तेरह जगहा कर्फ्यू ले लगावे पड़ल. इहो कहलन कि एह दंगन में सबले अधिका नुकसान मुसलमानन के भइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..