‘ई कईसन प्रथा’ के पहिला झलक जारी

YeKaisanPratah-posterभोजपुरी फिलिम ‘ई कईसन प्रथा’ के पहिला झलक देखा दिहल गइल आ जेही देखल सभे पसंद कइल एह लुक के.
‘ई कईसन प्रथा’ अइसन फिलिम ह जे सभके सोचे पर मजबूर कर दी कि हमनी के हिंदुस्तान के गांव कवना ओर ले जात बानी. ‘ई कईसन प्रथा’ के निर्देशक निहाल सिंह आ निर्माता दिलीप वर्मा एकरा के भोजपुरी फिलिम के संस्कार बतावत बाड़ें.

विराज भट्ट, रिंकू घोष, आ बृजेश त्रिपाठी के मुख्य भूमिका वाली ई फिलिम एगो अइसन प्रथा के पर्दाफाश कइले बिया जवन सभके झकझोर करे राख दी. एकर शूटिंग वाराणसी आ जौनपुर में भइल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।