"चुन्नू बाबू सिंगापुरी" 27 सितम्बर के बिहार में रिलीज होखी
-

ChunnuBabuSingapuri-posterपोलोनिया वत्स इंटरटेनमेंट के बहुचर्चित फिलिम “चुन्नू बाबू सिंगापुरी” के 27 सितम्बर से बिहार में रिलीज कइल जाई. सेंसर बोर्ड से एकरा “ए” सर्टिफिकेट मिलल बा काहे कि एहमें सामाजिक बुराइयन के मेटावे में हिंसा के बहुते सहारा लिहल गइल बा.

निर्माता के.एस. टेंग आ जस्मीन चुआ, निर्देशक मनोज श्रीपति झा, सह निर्देशक कुमार संजय श्रीवास्तव, कार्यकारी निर्माता चेतन बाबू , गीतकार राजेश मिश्रा, अशोक सिन्हा, प्यारेलाल यादव, आ प्रमोद गुप्ता, संगीतकार छोटे बाबा, आ लेखक सुरेन्द्र मिश्रा हउवें. कैमरा जगमिंदर सिंह हुन्डल सम्हरले बाड़े त मार-धाड़ करवावे के काम हीरा यादव के रहे.

मुख्य कलाकारन में चुन्नू सिंगापुरी, प्रिया शर्मा, राखी त्रिपाठी, आनंद मोहन, धर्मेन्द्र सिंह, सारिका संघमित्रा, विनोद मिश्रा, दिव्या व्दिवेदी, सीमा सिंह, अविनाश त्रिपाठी, संजीव झा , आ बालेश्वर सिंह वगैरह के नाम बा. राजस्थान के सुपर स्टार अभिनेत्री नेहा श्री सिंह मेहमान कलाकार बाड़ी आ गायक अभीनेता आलोक कुमारो नज़र अइहें.


(अपना न्यूज़)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts