- लखनऊ में पुलिस एगो आदमी के एक लाख रुपिया के नकली नोटन का साथे गिरफ्तार कइले बिया.
- अन्ना हजारे के समर्थन में उत्तर प्रदेश में व्यापारी दुकान बंद कइले.
- राज्य में कोचिंग चलावे वाला सरकारी शिक्षक लोग पर कार्रवाई कइल जाई. ई बाति माध्यमिक शिक्षा विभाग के निदेशक संजय मोहन बांदा में कहले. साथ ही शिक्षक लोग के इहो निर्देश दिहल गइल बा कि विद्यार्थियन के गतविधियन पर नजर राखे लोग इ होम वर्क दिहल करे.
- सपा अपना जिला आ नगर इकाईयन के अध्यक्ष के नाम काल्हु घोषित कर दिहलसि आ ओह लोग से कहलसि कि जल्दी से आपन आपन समिति बना के मंजूरी खातिर राज्य इकाई के भेजो.

0 Comments