बिहार के खबर, शनिचर 27 अगस्त का दिने
-
  • भ्रष्टाचार के खिलाफ प्रभावी जन लोकपाल विधेयक आ मजबूत लोकायुक्त के गठन के मांग खातिर ऑल इंडिया स्टूडेंट्स एसोसिएशन आ इंकलाबी नौजवान सभा आजु शनिचर का दिने बिहार बंद करवले रहले जवना चलते आवागमन पर असर पड़ल.
  • केन्द्र सरकार फेर बिहार के खास राज्य माने से इंकार कर दिहलसि. ओकर दलील बा कि मौजूदा मानदंड एकर अनुमति नइखे देत. केन्द्र के कहना बा कि खास राज्य के दर्जा खातिर आबादी के कम घनत्व, दुर्गम इलाका, आ आदिवासियन के बेसी तादाद होखे के चाहीं जवना में से कवनो बिहार में नइखे.
  • पटना के इंदिरा गाँधी आयुर्विज्ञान संस्थान में एमबीबीएस के एक सौ सीट पर दाखिला पर लगावल रोक हाई कोर्ट हटा लिहलसि. अब इकतीस अगस्त से दाखिला शुरू हो जाई.
  • बिहार में प्रमाण पत्र जारी करे आ ओकर मान्यता अवधि में बदलाव कइल गइल बा. अब जाति प्रमाण पत्र आ स्थायी आवास प्रमाण पत्र के कवनो समय सीमा ना होखी. अस्थायी आवास प्रमाण पत्र, आ आय प्रमाण पत्र के अवधि एक साल के होई. हर तरह के प्रमाणपत्र आवेदक के इकइस दिन में मिल जाये के चाही.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts