उत्तर प्रदेश के खबर, सोमार 29 अगस्त का दिने
  • उत्तर प्रदेश में भारतीय जनता पार्टी के युवा इकाई भारतीय जनता युवा मोर्चा एक सितम्बर से राज्यभर में केंद्र अउर मायावती सरकार के भ्रष्टाचार का खिलाफ जनजागरण अभियान चलाई.
  • उत्तर प्रदेश के बांदा जिला में चित्रकूट धाम जाये वाला श्रद्धालुअन से भरल एगो तेज रफ्तार बस गहिर खाई में पलटी मार दिहलसि जवना में ओह पर सवार सात लोगे के मौत हो गइल आ 40 जने घवाहिल हो गइले. सगरी लोग हमीरपुर जिला के रहल.
  • उत्तर प्रदेश के प्रमुख नदियन में जलस्तर नीचे अइला का बावजूद बाढ़ के खतरा कम नइखे भइल.
  • जौनपुर के मुरादपुर मोड़ पर एगो गाड़ी के चपेटा में आ के दुपहिया पर सवार दू गो नौजवानन के मौत हो गइल बा.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।