उत्तर प्रदेश सरकार के मंत्री सतई राम ट्रेन से कटा गइले

जौनपुर रेलवे क्रासिंग पार करत घरी यूपी सरकार में मंत्री के दरजा पवले सतई राम के वाहन रेल गाड़ी से टकरा गइल. एह हादसा में सतई राम के गनर आ ड्राइवरो के मौत हो गइल.

जौनपुर के सपा जिलाध्यक्ष रह चुकल सतई राम लखनऊ से जौनपुर जात रहुवन जब ई हादसा  भइल. फरवरी 2013 में अखिलेश यादव सतई राम के राज्य भूमि उपयोग परिषद के उपाध्यक्ष बना के राज्यमंत्री के दर्जा दिहले रहुवन.

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।