रिजल्ट त निकल गइल अब एह फरजी युनिवर्सिटियन से बचला के जरूरत बा
-

भारत के विश्वविद्यालय अनुदान आयोग जानकारी दिहले बावे कि देश में नाहियो त इकइस गो फरजी विश्वविद्यालय चलत बाड़ी स. एह विश्वविद्यालयन में दाखिला लेबे वाला विद्यार्थी आपन रुपिया आ साल दुनू बरबाद कर दीहें.

एहमें सबले अधिका विश्वविद्यालय यूपी में बाड़ी सँ. दस गो विश्वविद्यालय माने कि देश के आधा. चलीं एह विश्वविद्यालयन के नाम जान लिहल जाव.

उत्तर प्रदेश
वार्ष्णेय संस्कृत विश्वविद्यालय, वाराणसी / जगतपुरी, दिल्ली
महिला ग्राम विद्यापीठ, इलाहाबाद
गाँधी हिन्दी विद्यापीठ, प्रयाग
नेशनल युनिवर्सिटी आफ एलेक्ट्रोकाम्प्लेक्स होम्योपैथी, कानपुर
नेताजी सुभाषचन्द्र बोस युनिवर्सिटी (ओपन युनिवर्सिटी),अचलाताल,अलीगढ़
उत्तर प्रदेश विश्वविद्यालय, कोसी कलाँ, मथुरा
महाराणा प्रताप शिक्षा निकेतन विश्वविद्यालय, प्रतापगढ़
इन्द्रप्रस्थ शिक्षा परिषद, इन्स्टीट्यूशनल एरिया, खोदा, मकनपुर, नोएडा फेज टू
गुरुकुल विश्वविद्यालय, वृन्दावन
भारतीय शिक्षा परिषद, लखनऊ (मामला कोर्ट में बा)

बिहार
मैथिली विश्वविद्यालय, दरभंगा

दिल्ली
कामर्शियल युनिवर्सिटी लि॰, दरियागंज
युनाइटेड नेशन्स युनिवर्सिटी, दिल्ली
वोकेशनल युनिवर्सिटी, दिल्ली
एडीआर सेन्ट्रिक ज्यूडिशियल युनिवर्सिटी, दिल्ली
इण्डियन इन्स्टीच्यूट आफ साइन्स एन्ड इन्जिनियरिंग, नयी दिल्ली

मध्य प्रदेश
केसरवानी विद्यापीठ, जबलपुर

महाराष्ट्र
राजा अरबिक विश्वविद्यालय, नागपुर

कर्नाटक
बदगनवी सरकार वर्ल्ड ओपन युनिवर्सिटी एजुकेशन सोसाइटी, गोकक, बेलगाम

केरल
सेंट जान युनिवर्सिटी, किशनट्टम

तामिलनाडु
डीडीबी संस्कृत युनिवर्सिटी, पुटुर, त्रिचि

पश्चिम बंगाल
इण्डियन इन्स्टीच्यूट आफ अल्टरनेटिभ मेडिसिन, कोलकाता

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts