एक्शन इमोशन से सजल रणवीर २५ मई से रिलीज हो गइल

तेलगु फिल्म इंडसट्रीज़ के जानल मानल फिल्म कंपनी ए के इंटरटेनमेंट आ 14 रील्स इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड क सहयोगी कंपनी अल्टुरा फिल्म्स के पहिलका भोजपुरी फिल्म “रणवीर” २५ मई से बिहार में रिलीज हो गइल.

अपना जबरदस्त अभिनय क्षमता खातिर जानल जाए वाला भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन ओह दिन रणवीर किशन बन गइलें जब अपना फिल्म के प्रचार खातिर ओ पटना के सड़कन पर निकललन. प्रीमियर का मौका पर पटना चहुँपल रवि किशन खुद पटना के सडकन पर आपन काफिला ले के निकल पड़लें. साथे रहलें बिहार के बाहुबली विधायक अनन्त सिंह आ अभिनेत्री काजल राघवानी. दर्शको के दिल जीते के रण पर निकलल रणवीर किशन पटना के भयंकर गर्मी में होटल मौर्य से पदयात्रा करत निकललन त साथे उनुका प्रशंसकन के हुजूम शामिल हो गइल.

रणवीर में रवि किशन टाइटिल भूमिका में बाड़ें. साथी कलाकारन में काजल राघवानी, कृषा खंडेलवाल, बृजेश त्रिपाठी, हैरी जोश, राकेश त्रिपाठी, फरीन, जी. रवि कुमार, अमोल चैगले आ अभिलाषा प्रसाद शामिल बाड़े. निर्देशक हउवें फिरोज खान, निर्माता अनिल सुन्करना आ मनीषा कृष्णा.

भव्य सेट आ खुबसूरत लोकेशन पर बनल एह फिल्म के खासियत एकरा निर्देशक फिरोज खान का नजर में जबरदस्त एक्शन, मधुर संगीत आ नया कहानी बावे. फिल्म में भाई बहन के इमोशन दर्शकन के आकर्षित करी. दक्खिन भारत के फिलिमन जइसन एक्शन सीम मशहूर एक्शन निर्देशक कौशल मोजिस हउवें जे शाहरुख के अनेके फिलिमन में एक्शन निर्देशन कर चुकल बाड़ें.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।