‘पागल प्रेमी’ भइल सुपर डुपर हिट
-

पिछला हफ्ता रिलीज फिल्म “पागल प्रेमी” बिहार में सुपर डुपर हिट साबित भइल बिया. सुपर स्टार विनय आनंद आ नंबर वन खलनायक संजय पांडे के जबरदस्त टक्कर से भरल निर्माता नवीन सिंह आ निर्देशक अजय कुमार के फिल्म ‘पागल प्रेमी’ देखे खातिर एह गरमियो में सगरी सिनेमा घरन पर हाउसफुल के बोर्ड लटक गइल,

ना होले भोजपुरी फिलिमन में अश्लीलता : विनय

फिल्म के प्रमोशन का सिलसिला में मोतहारी चहुँपल विनय आनन्द माधव सिनेमा हॉल में दर्शकन के रुबरू हो के ओह लोग के मनोरंजन कइलन. कहलन कि ना होले भोजपुरी फिलिमन में अश्लीलता. एकरा पर अश्लील होखे के अछरंग उहे लोग लगावेला जे भोजपुरी फिलिम देखबे ना करे. कहलन कि कुछ म्यूजिक अलबमन में जरूर अश्लील गाना ठूंसल रहेला बाकिर ओकर संबंध भोजपुरी सिनेमा से नइखे. कहलन कि आजु भोजपुरी सिनेमन में बहुते बदलाव आइल बा आ अउरियो बदलाव के जरूरत बा. आ ई तबहिए हो पाई जब सगरी समाज सिनेमा हॉल में आ के फिलिम देखल शुरु करी.

मोतिहारी में मिलल अपना शानदार स्वागत से खुश विनय आनन्द कहलन कि ऊ बेर बेर मोतिहारी आइल चहीहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts