एक्शन स्टार लकी आ मोहन राठौड़ के ‘लव यू सजना’

फिल्म ‘लव यू सजना’ के प्रोमो देखला क बादे से सभे अभिनेता लकी के फैन हो गइल बा. अपना नीक बेवहात का चलते लकी निर्माता निर्देशकन के पसंद बनत जात बाड़ें. फिल्म ‘लव यू सजना’ में लकी कमाल के वायर स्टंट कइले बाड़ें, गाना गवले बाड़ें आ डांस त कमाल के कइले बाड़न.

कृष्णा अमृत फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले बनत निर्माता राजेश विश्वकर्मा आ निर्देशक संजय के फिल्म ‘लव यू सजना’ में जबरदस्त एक्शन, कॉमेडी, रोमांच बा आ कथा-पटकथा बेहतरीन बा. कार्यकारी निर्माता नागेन्द्र शर्मा आ सहयोगी निर्माता नवाब विश्वकर्मा अउर सुभाष निषाद हउवें. चर्चित गायक मोहन राठौर आ नवोदित अभिनेता लवी एह फिल्म के मुख्य भूमिका कइले बाड़ें. संगही बाड़ें विरेन्द्र चौहान उर्फ निरहू आ कमसिन बाला सुमन झा. बाकी कलाकारन में वंदिनी मिश्रा, अयाज खान, हीरालाल यादव, दिनेश राय, किट्टू अउर प्रमोद गोस्वामी के नाम बा.

कथा यतीन्द्र कुमार, पटकथा आ संवाद अनिल विश्वकर्मा, गीतकार प्यारे लाल कवि, फणीन्द्र राव अउर उमेश अनमोल, संगीतकार सुनील महिपाल, एक्शन निर्देशक हीरालाल यादव हउवें. शूटिंग उत्तर प्रदेश के खूबसूरत लोकेशनन पर करावल गइल बा. कैमरामैन रविराज सिंह आ ध्वनिमुद्रण इंद्रदेव चौरसिया के बा. एह घरी फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन मुंबई में चलत बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।