सीमा सिंह निरहुआ, बाली अउर मोनालिसा संगे फेर अइली
-

सुनील बूबना के बनावल ‘कहां जईबऽ राजा नजरिया लड़ाईके’ फिलिम के भोजपुरी के गोल्डन जुबली फिल्म मानल जाला. एही फिल्म से आयटम डांसर सीमा सिंह के आ नायिका मोनालिसा के सिनेमा भोजपुरी में शुरूआत मिलल रहे. निर्देशक रहलें बाली आ नायक रहलें महाअभिनेता दिनेश लाल यादव. अब एक बेर फेर दिनेश लाल यादव, मोनालिसा, सीमा सिंह, बाली के निर्देशन में बनत फिल्म में नज़र आवे वाला बा लोग. फिलिम के नाम ह ‘इज्ज़त’ जवना के शूटिंग आजुकाल्हु राजपिपला में चलत बा.

एह फिल्म से उछाह में आइल सीमा सिंह बाली के कमाल के निर्देशक बतावत बाड़ी. बतावत चलीं कि हालही में सीमा सिंह छह दिन का भीतर आठ गो आयटम नम्बर के शूटिंग कइली.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

1 Comment

  1. rani kumari

    are aap to bare sexy lagte hai ham log aisa dikhna chate hai phir bhi nahi dikhte hai .

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts