एक बेर फेरू से रिक्शावाला बनलन निरहुआ

सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ एकबेर फेरू रिक्शावाला बनल नजर अइहें. वाहेगुरू मूवीज के बैनर तले बनत ‘‘रिक्शावाला आई लव यू’’ में निरहुआ माथ भूमिका में बाड़न. निरहुआ एगो बेरोजगार नवही बनल बाड़न जवन आपन जीविका चलावे ला रिक्शा चलावत बा बाकिर सुभाव अइसन कि हर आदमी के सहयोग ला हरदम तइयार. एहु फिलिम में निरहुआ के नायिका बाड़ी स्टार अदाकारा पाखी हेगड़े.

निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा. लि. के एह प्रस्तुति के निर्माता हउवें बिहार आ मुंबई के मशहूर वितरक बिटटू सरदार. कथा-पटकथा लेखक आ निर्देशक अजय श्रीवास्तव, गीतकार प्यारेलाल यादव ‘कवि’ आ मनोज मतलबी, संगीतकार राजेश रजनीश, एक्शन आर. पी. यादव, नृत्य रामदेवन, अउर छायांकन हीरा सरोज के बा.

कलाकारन में निरहुआ आ पाखी हेगड़े संगे किरन यादव, अनुप अरोड़ा, प्रकाश जैश, अनामिका, संजय पाण्डेय, आशा शर्मा, संतोष श्रीवास्तव, धामा वर्मा, राकेश यादव आ अवधेश मिश्रा शामिल बाड़ें.

बकौल निरहुआ ‘‘रिक्शावाला आई लव यू’’ संपूर्ण मनोरंजक फिल्म हवे जवना के हर वर्ग के दर्शक पसंद करीहें. फिल्म दुर्गा पूजा पर रिलीज होखी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments



अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

Recent Posts

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।