एसओजी टीम पांच गो के उठवलसि

बलिया। कोतवाली बलिया के सरहद के कर्इ गो जगहिन से एसओजी टीम सोमार के राति में छापामारी क के पांचि गो आदमियन के उठउवे। बाकी इ बात बतावे से परहेज करूए लो कि इ कुलिह आदमी कवना मामला में पकड़ल गइल बा लो। एसओजी कुलिह लो के ले के कवनो गोपनीय जगहि ले गउए जेकरा चलते सहर के अपराधियन में हड़कम्प मचल बा।

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।