एस. आर. के. अबकी खरीदलसि ‘फिर दौलत की जंग’ के संगीत अधिकार

FirDaulatKiJung
आजुकाल्हु भोजपुरी के सबले चर्चित फिलिम ‘फिर दौलत की जंग’ के संगीत अधिकार एस.आर.के. म्यूजिक कंपनी मुँह मांगा दाम दे के खरीद लिहले बिया.
विराज भट्ट आ अक्षरा सिंह के मुख्य जोड़ी वाली किशोरी फिल्म्स के बैनर तर बनल फिलिम ‘फिर दौलत की जंग’के निर्माता धुपेन्द्र भगत, निर्देशक रत्नेश सिंहा, कहानीकार संजय सिंह, गीतकार दिनेश दिलकश, संगीतकार सुरेश आनंद, सह-निर्माता मानकी देवी अउर लखमती देवी, कार्यकारी निर्माता राजा अउर जेपी, कैमरा मैन अश्विन प्रभाकर, आ मारधाड़ निदेशक हउवन सिंह इज किंग.

एह फिलिम के शूटिंग बिहार के सिवान में भइल बा आ एकरा मुख्य कलाकारन में शामिल बाड़न एक्शन स्टार विराज भट्ट, अक्षरा सिंह, कृष्णा भट्ट, तनुश्री, अवधेश मिश्रा, अली खान, गुरुबचन सिंह, आनंद मोहन, आयटम गर्ल ग्लोरी अउर सुनिता पांडे वगैरह कलाकार.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।